STORYMIRROR

भोजपुरी पौराणिक होली

भोजपुरी पौराणिक होली

1 min
855


बिरिजधमवा में राधा श्याम होली खेले

गोपियन के रंग डाले, ग्वालन गुलाल डाले।

बिरिजधमवा में राधा श्याम होली खेले

गोरी राधिका के रंग लाल डाले।


गोरे गाल पे गुलाल श्याम डाले

सब बिरिजवासी गोपाल रंग डाले।

प्यारी राधा हाथे सोना पिचकारी

पकड़ श्याम बहिया गोपिया पुकारी।


दौड़ी चले सब बिरिजबाल रंग डाले

बिरिजधमवा में राधा श्याम होली खेले।


बाजत मृदंग ताल झाल मजीरा बजावे

गावे राधा होरी श्याम जोगिरा सुनावे।

दाऊ बलराम संग गोपाल होली खेले

बिरिजधमवा मे राधा श्याम होली खेले।।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Drama