STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

4  

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

भोजपुरी गीत - बेड़ा पार बा

भोजपुरी गीत - बेड़ा पार बा

1 min
787

दुनिया मे तोहरे से नारी सगरों उजियार बा।

देव मुनि नर सभकर तोहरे से बेड़ापार बा।


जहा होला सम्मान मान धन धान्य बढ़ेला।

फले फुले कुल खानदान पद मान बढ़ेला।

तोहरे के देवी दुर्गा लक्ष्मी माने संसार बा।

दुनिया मे तोहरे से नारी सगरो उजियार बा।


माई बहिन बेटी मेहर अनेक तोहार रूप हवे|

प्रेम त्याग तपस्या ममता मोह मूर्ति सब कहे।

सुख शांति समृद्धि से भरल अँचरा तोहार बा। 

दुनिया मे तोहरे से नारी सगरों उजियार बा।


तू नाही रहतू त लरिका किलकारी नाही गुंजत|

अँचरा मे सगरो फुलवारी नाही कही फुलत।

सभकर करजा बाकी नारी अबहीन उधार बा।

दुनिया मे तोहरे से नारी सगरों उजियार बा।


केतना करी बखान तोहरो जेतना करी कम होई|

केहु नाही टिके आगे देवो मे नाही दम होई।

सृष्टि क अनमोल रचना करा भारती के उद्धार बा।

दुनिया में तोहरे से नारी सगरो उजियार बा।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Inspirational