STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Romance

4  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी कजरी लोक गीत - दूर भइला सजना

भोजपुरी कजरी लोक गीत - दूर भइला सजना

1 min
365


अँखिया से बहे हमरे लोरवा।

नजरवा से दूर भइला सजना।

रतिया जोहत होला हमरो भोरवा।

नजरवा से दूर भइला सजना।


गोरी बहिया में खनकेला कंगना।

पिया बिना सुन भईले अंगना।

बदरवा घिर अइले असमनवा।

नजरवा से दूर भइला सजना।


कड़ – कड़ कड़के जब बिजुरिया।

देहिया सिहर जाले मोर सेजरिया।

झम – झम बरसेला सवनवा।

नजरवा से दूर भइला सजना।


अमवा के डलिया सखी झुलवा झुलावे।

झूली – झूली झुलवा कजरी सब गावे।

अचरवा उडी जाए केवने ओरवा।

नजरवा से दूर भइला सजना।



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Romance