सड़िया ले अइह |
सड़िया ले अइह |
सड़िया ले अइह लाल लाल
ये सइया आ गईले फगुनवा
होलिया मे रंगब तोहरो गाल
ये सइया आ गईले फगुनवा
सड़िया के संगवा
लाल चुनार ले अइह
औरी ले अइह
चूड़िया लाल लाल
ये सइया आ गईले फगुनवा
गुलाल ले अइहा सईया
अबीरवो ले अइह
रंगवा ले अइह लाल लाल
ये सइया आ गईले फगुनवा
कंगना ले अइह सईया
कनबलिया ले अइह
टिकुली ले अइह लाल लाल
ये सइया आ गईले फगुनवा
सड़िया ले अइह लाल लाल
ये सइया आ गईले फगुनवा।
