STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Drama

3  

Shyam Kunvar Bharti

Drama

भोजपुरी देवी गीत- मंदिरवा मे आ

भोजपुरी देवी गीत- मंदिरवा मे आ

1 min
313

आई गईले शरद नवरातन के दिनवा ये माई

मंदिरवा मे आई जा ना

चम चम चमकेला लाली चुनरिया

बिपतिया के मारल ये माई मोर,

किस्मतीया चमकाई दा ना।

आई गईले शरद नवरातन के दिनवा ये माई

मंदिरवा मे आई जा ना

बिंध्याचल कमख्या वैषणों काली कहालु

चरण हिमांशु के देई दा ठीकनवा।


माई मोर मनसा पूराई दा ना

आई गईले शरद नवरातन के दिनवा ये माई

मंदिरवा मे आई जा ना

शुंभ के मरलु निशुंभ के मरलु

दुर्ग रक्षसवा के कईलू बधनवा।


माई मोर दिनवा फेराई दा ना

आई गईले शरद नवरातन के दिनवा ये माई

मंदिरवा मे आई जा ना

बड़ी बड़ी अँखियाँ माई लंबी कारी

केसिया मथवा चमके लाली बिंदिया ये माई।

जितेंदर भारती नामवा चमकाई दा ना

आई गईले शरद नवरातन के दिनवा ये माई

मंदिरवा मे आई जा ना।


Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Drama