STORYMIRROR

Ranjeet Jha

Tragedy

4  

Ranjeet Jha

Tragedy

लॉकडाउन के बात

लॉकडाउन के बात

1 min
388

आई आई बताई तोके

लॉकडाउन के बात

एक त मिया सुथर

ऊपर से खईलस प्याज


एनबीएफसी मानल नइखे

मोरेटोरियम के बात

आई आई बताई तोके


मजदूरन बाटे सड़क पर

धिया-पुता साथ

जरल दुपहर आन्हर रतिया

नइखे दिया बात


भूखल देह पियासल मनवा

छतिया पिटत हाथ

आई आई बताई तोके


अबकी जाइब त कबहु न आइब

दिल्ली बम्बई गुजरात

मिली चाहे टूटल मडैया

चाहे सुखल भात


एक चवन्नी नइखे भेटल

बीस लाख करोड़ के सौगात

आई आई बताई तोके।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Tragedy