STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Tragedy Inspirational

3  

Shyam Kunvar Bharti

Tragedy Inspirational

भोजपुरी कजरी लोक गीत- 5

भोजपुरी कजरी लोक गीत- 5

1 min
458

तू त हउआ हिन्दुस्तानी पिया

भगावा दुश्मन पाकिस्तानी पिया

करे आतंकी परेशानी पिया ना


खुशी देशवा ना सुहात

करे घात पे अघात

कायर भुलावा सईतानी पिया

करे आतंकी परेशानी पिया ना


देशवा चले न उनकर ज़ोर

करे हरदम सिमवा पर शोर

दोस्त बनिके करे बेईमानी पिया

करे आतंकी परेशानी पिया ना


जब जब आवे सीमा पार

तू देला बन्दुकिया से मार

बाड़ा भक्त देशवा खानदानी पिया

करे आतंकी परेशानी पिया ना


मरले जब देशवा के जवान

रोवे तब सारा हिंदुस्तान

मिटावा घुसी घरवा निसानी पिया

करे आतंकी परेशानी पिया ना..




विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Tragedy