Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!
Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!

Shyam Kunvar Bharti

Romance

3  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी गजल-जब बसर होला।

भोजपुरी गजल-जब बसर होला।

1 min
370


केहु के नेह मे देह के ना खबर होला|

प्रेम के रोग ह ई बड़ा जहर होला|


केतनों समझावे केहु कबों ना मानेला|

बहक जाला कदम अइसन ई डहर होला|


प्यार तोहसे ना करी ई का कहलू तू|

चाहे करा रुसवा तनको ना असर होला|


दिहला काहे दिल तू बोला ये बिधाता|

निकसे ना केहु दिल जब उ ठहर जाला|


मिले प्यार मे धोखा ई का जरूरी बा|

खा के ठोकर भी ना केहु सुधर जाला|


बनल दुशमन जमाना राह मोहब्बत मे|

प्यार भइला के रूप ना उमर होला|


प्यार ना करी त का करी दुनिया मे|

बहे आँख से आँसू दिल केहु बसर होला|


Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Romance