Revolutionize India's governance. Click now to secure 'Factory Resets of Governance Rules'—A business plan for a healthy and robust democracy, with a potential to reduce taxes.
Revolutionize India's governance. Click now to secure 'Factory Resets of Governance Rules'—A business plan for a healthy and robust democracy, with a potential to reduce taxes.

भोजपुरी गीत – भिंज गइल अँचरा

भोजपुरी गीत – भिंज गइल अँचरा

1 min
263



अंसुवन धार बही भिंज गइल अँचरा हमरो सारा ।

हमसे नेह लगा के ,सइया तकला ना दुबारा ।


अइसन करे जियरा संग तोहरे हम चली आई ।

लाज शरम सब छोड़ी ,सईया तोहसे हम मिली आई ।

हमके हंसेला लोगवा गाँव नगर औरी जवारा ।

हमसे नेह लगा के ,सइया तकला ना दुबारा ।


तोहरे नाम के सेनूर सईया मांग मे अपने भरली ।

जियब मरब हम संग तोहरे मन मे हमहूँ ठनली ।

भादों के अंधरिया रतिया बहुते हमके बझाला ।

हमसे नेह लगा के ,सइया तकला ना दुबारा ।


जाइके परदेश बलमुआ तू हमके भूली गईला ।

बेदर्दी निसठुर बलमुआ कठकरेज़ काहे भइला ।

तोहरे खातिर दुनिया छोड़ली,कईसे होइहे गुजारा ।

हमसे नेह लगा के ,सइया तकला ना दुबारा ।


अइबा न त गरे फंसरी लगाई सूली हम चढ़ जाईब ।

याद मे तोहरे अंगूरी गिनी बिना मुअले मरी जाईब ।

आके आपन सजनी अपने हाथे अब तू सवारा ।

हमसे नेह लगा के ,सइया तकला ना दुबारा ।



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Romance