STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Romance

3  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी गीत- गुलजार गोरिया

भोजपुरी गीत- गुलजार गोरिया

1 min
270


कइलु काहे हमसे तू प्यार गोरीया

दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया

प्यार वाली बतियातू हमसे काहे कइलू

दिल में समाके काहे हमके भूल गइलू  

हमके बनवलु काहे तू दिलदार गोरीया

दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया

रूपवा के रोशनी तोहरो हमहु नहईली

अँचरा के चाँदनी हम सबके भुलइली

मह मह महके गंध तोहार गोरिया

दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया

हँसेलू त लगे जैसे मोती झर जइहे

केसिया के लहरा मे बिजुरी गिर जइहे  

मुसकाई पागल कइलू दिल हमार गोरिया

दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया

पाँव के पयलिया खूब छन छन बाजेले

गोरे गाल करिया तिल निमन बड़ा लागेला

चलेलु जईसे हिरनी के चाल गोरिया

दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया

बोलिया तोहार मीठ मिसरी बुझाला

हंसेलु त करेजा जस कटार धँसी जाला

जिनगी भारती करा तू गुलजार गोरिया

दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया



विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Romance