STORYMIRROR

Kundan Kumar Singh

Comedy Drama Inspirational

4  

Kundan Kumar Singh

Comedy Drama Inspirational

पढ़ी की छोड़ दी पढ़ाई

पढ़ी की छोड़ दी पढ़ाई

1 min
461

बिहार बोर्ड करे लागल अब कड़ाई।

का करीं पढ़ी की छोड़ दी पढ़ाई।।


पहिला में रहनी त कुछो ना बुझाइल,

दूसरा में गइनी त कखगघ आइल।

तीसरा में लइकन से कइनी लड़ाई ,

का करीं पढ़ी की छोड़ दी पढ़ाई।।


पहाड़ा याद भइल चौथा में जाके,

हेड सर से कहनी हम पांचवां मे आके।

डरेस के पैसा बोलीं कहिया भेंटाई,

का करीं पढ़ी की छोड़ दी पढ़ाई।।


छठा मे लगनी खूब गीत हम गावे,

गीतवा हमार लागल सबका के भावे।

मन बा खेसरिया से भी आगे जाई,

का करीं पढ़ी कि छोड़ दी पढ़ाई।।


सातवाँ मे छोड़ देनी बकरी चरावल,

भूल गइनी सब हम सर के पढ़ावल।

उम्मीद बा नौंवा में साइकिल भेटाई,

का करी पढ़ी कि छोड़ दी पढ़ाई।।


फेल अगर मैट्रिक में हो भी हम जाएम,

त बन जाएम नेता घोटाला कराएम।

रोज अखबार में नाम हमरो छपाई,

का करी पढ़ी की छोड़ दी पढ़ाई।।  


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Comedy