STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Drama

3  

Shyam Kunvar Bharti

Drama

करे ले ठिठोली रे कान्हा

करे ले ठिठोली रे कान्हा

1 min
350

भोजपुरी होली 13 -करे ले ठिठोली रे कान्हा

करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के


रंगवा नहवावे रे सखिया गगरिया मे भरी के

बड़ा रे ई बाउर लागे जमुना के पनिया हो


मीठी फुसलाई कहे आवा राधा रनीया हो

मारी पिचकारी ये सखिया अँचरा के धरी के


करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के

केतनों लुकाई रे बनवा खोजी हमे ले ले हो


झटके से आई कान्हा अंकवारी भरी ले ले हो

डूबी मरी जाई रे सखिया जमुना मे डूबी के


करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के

काहे लगवला कान्हा राधा संग पिरितीया हो


रुकमनी के धई हथवा कईला काहे घतीया हो

उठाई लेता हमके बिधना जईती हम मरी के


करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Drama