Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!
Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!

Laxmi Yadav

Inspirational

4  

Laxmi Yadav

Inspirational

बंबई मे का बा...?

बंबई मे का बा...?

1 min
337


गाँव में माई- बाबू क चुअत मडाइ बा, 

मेहरारू क लुग्गा धूमिल बा, 

आपन त पढ़ाई छोड़ली, 

छोटके क कैसे छोड़वाइ, 

बहिन भइल सयान, 

बियाह क अरमाँ बा, 

बचवा- बच्ची के अंग्रेजी पढैय् क फरमान बा, 

बैल की नाइ जोतत् बाड़ी, जिनगी 

नाही कमाई माटी में, 


हम भी सोची बंबई में का बा..... 


बंबई त सबके सपना क मायाजाल बा, 

बम्बा देबी बुलावे, 

कितना तोहरे जी क जंजाल बा, 

बिना मेहनत के त भैया माटी भी कंगाल बा, 

भूख- बेरोजगारी में जिनगी बेहाल बा, 


फिर भी सब बोले, का बा बंबई में का बा....... 


मुश्किल में बम्बा देबी क साथ बा

परेशानी में महालक्ष्मी माई क हाथ बा, 

भूखे पेट ना सुतब,

अैसन सिद्धिविनायक क आशीर्बाद बा,

 बाकी त बड़ा- पाव पर जिंदगी निहाल बा, 


कैसे बोली? बंबई में का बा...... 


अमिताभ के एक्टिंग क कमाल बा, 

मनोज के मेहनत क धमाल बा, 

पंकज के वेब सीरीज क मचल बड़ा बवाल बा, 

ई तीनों क घर त भैया बड़ा बेमिसाल बा, 

छठ पूजा पर देखा इहाँ दूसरा बिहार बा, 

जुतियाँ माई क दरिया किनारे सजल दरबार बा, 


काहे सब बोले, बंबई मे का बा?..... 


तू हार के बाज़ी जात बाडा, 

ई तो गल्ती बस तोहार बा, 

किसान क बेटवा बाडा, 

पलट के रख दा बाज़ी, 

फिर पूरी बंबई तोहार बा, 

बिना मेहनत के त भैया माटी भी कंगाल बा, 


नाही त, जिंदगी भर सोचा बैठ के, बंबई में का बा...... 



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Inspirational