STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Classics

3  

Shyam Kunvar Bharti

Classics

भोजपुरी शिव भजन ( शिव विवाह )

भोजपुरी शिव भजन ( शिव विवाह )

1 min
581


अंग भुजंग सटे ,भोला बम बम रटे

करब ना हम शादी ,होई बरबादी

किस्मतीया फुटल बा रे माई

गंजेड़िया मिलल बा रे माई

बारात भूत प्रेत चले

संग भालू बंदर चले

देखत मैना खूब डर लागे

लोगवा गिरत परत दूर भागे

काहे गईले भोला अब कोहाई

हो जाइब पराई

गंजेड़िया मिलल बा रे माई

किस्मतीया फुटल बा रे माई


बसहा बयल भोला सवारी

चलले संगवा देव त्रिपुरारी

डम डम डमरू बाजन लागे

भूत पिशाच सब नाचन लागे

करे गौरा दोहाई

गंजेड़िया मिलल बा रे माई

किस्मतीया फुटल बा रे माई


दौड़ी मैना नारद दाढ़ी नोचे

ब्र्म्हा मन ही मन सोचे

मिली देव शिव मनावन लागे

दूल्हा रूप शिव देखावन लागे

भईले गौरा बिदाई

गंजेड़िया मिलल बा रे माई

किस्मतीया फुटल बा रे माई



विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Classics