Revolutionize India's governance. Click now to secure 'Factory Resets of Governance Rules'—A business plan for a healthy and robust democracy, with a potential to reduce taxes.
Revolutionize India's governance. Click now to secure 'Factory Resets of Governance Rules'—A business plan for a healthy and robust democracy, with a potential to reduce taxes.

Shyam Kunvar Bharti

Romance

3  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी गजल- जब बसर होला

भोजपुरी गजल- जब बसर होला

1 min
202



केहु के नेह मे देह के ना खबर होला।

प्रेम के रोग ह ई बड़ा जहर होला।

केतनों समझावे केहु कबों ना मानेला।

बहक जाला कदम अइसन ई डहर होला।

प्यार तोहसे ना करी ई का कहलू तू।

चाहे करा रुसवा तनको ना असर होला।

दिहला काहे दिल तू बोला ये बिधाता।

निकसे ना केहु दिल जब उ ठहर जाला।

मिले प्यार मे धोखा ई का जरूरी बा।

खा के ठोकर भी ना केहु सुधर जाला।

बनल दुशमन जमाना राह मोहब्बत मे।

प्यार भइला के रूप ना उमर होला।

प्यार ना करी त का करी दुनिया मे।

बहे आँख से आँसू दिल केहु बसर होला।



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Romance