भोजपुरी गीत- सजना बुझे ना मनवा
भोजपुरी गीत- सजना बुझे ना मनवा
सजना बुझे ना मनवा
अगिया लगेला तनवा
सजना बुझे ना मनवा
सजना तोहे दिलवा बसवली
चुनी सेजिया फुलवा सज़वली
रतिया आवे ना बलमा
सजना बुझे ना मनवा
नैना रची कजरा लगवली
केसिया कारी गजरा सजवली
झर झर बरसेला नयनवा
सजना बुझे ना मनवा
मथवा लाली बिंदिया लगवली
कनवा सोना बलिया पहिनली
सेजिया तड़पे हमरो अंगवा
सजना बुझे ना मनवा
धराऊँ लाली सड़ीया पहिनली
कलाई हरी चूड़िया पहिनली
खन खन खनकेला कंगना
सजना बुझे ना मनवा
रतिया सजना रहिया निहारी
तरवा गिनी रतिया गुजारी
मोर तड़पेला परनवा सजना
बुझे ना मनवा

