भोजपुरी गीत – होले होले डोले
भोजपुरी गीत – होले होले डोले
तन मोरा होले होले डोले
मन मोरा डरे डरे बोले
कोरोना केहु जान ना ले ले
तन मोरा होले होले डोले
आइल कहा से बैरी कोरोनवा
घाइल भइल सगरो जमनवा
डरे केहु दुअरिया ना खोले
तन मोरा होले होले डोले।
धक धक मोरा जियरा करेला
लुक छुप सबके कोरोना धरेला
हाली हाली हथवा तू धो ले
तन मोरा होले होले डोले
सोचा कइसे कोरोना भगाई
रही रही लोगवा सबके डराई
योद्धा कोरोनवा बजुआ मे तोले
तन मोरा होले होले डोले।
रहिया केवनों ना लोगवा से सटके
जहिया जहवा रहिया तू फरके
धधकी जीयरा उठे मोरा शोले
तन मोरा होले होले डोले
मुहवा मसकिया लगईहा जरूर
घरवा रहे खातिर सिखला सहुर
बनिहा मती भईया तू भोले भोले
तन मोरा होले होले डोले ।
