STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Tragedy Inspirational

3  

Shyam Kunvar Bharti

Tragedy Inspirational

भोजपुरी गीत – होले होले डोले

भोजपुरी गीत – होले होले डोले

1 min
321

तन मोरा होले होले डोले

मन मोरा डरे डरे बोले

कोरोना केहु जान ना ले ले

तन मोरा होले होले डोले

आइल कहा से बैरी कोरोनवा

घाइल भइल सगरो जमनवा

डरे केहु दुअरिया ना खोले

तन मोरा होले होले डोले। 


धक धक मोरा जियरा करेला

लुक छुप सबके कोरोना धरेला

हाली हाली हथवा तू धो ले

तन मोरा होले होले डोले

सोचा कइसे कोरोना भगाई

रही रही लोगवा सबके डराई

योद्धा कोरोनवा बजुआ मे तोले

तन मोरा होले होले डोले। 


रहिया केवनों ना लोगवा से सटके

जहिया जहवा रहिया तू फरके

धधकी जीयरा उठे मोरा शोले

तन मोरा होले होले डोले

मुहवा मसकिया लगईहा जरूर

घरवा रहे खातिर सिखला सहुर

बनिहा मती भईया तू भोले भोले

तन मोरा होले होले डोले । 



विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Tragedy