भोजपुरी गीत- बरछी कटार तोहार न
भोजपुरी गीत- बरछी कटार तोहार न
बरछी कटार तोहार नैना दिल के पार हो जाई ।
ओ ओ सजनी हमार होस उड़ा जाई ।
सुना हो सजनी हमार होस उड़ा जाई ।
होठवा से छलके तोहार मदवा के प्याला ।
हिरनी जईसन कारे नैना बाड़े मतवाला ।
गोरे गोड़वा के पायलिया जब छनका जाई ।
सुना हो सजनी हमार होस उड़ा जाई ।
मिटावा मिटावा पियासिया के लगन की ।
रात दीन सतावे गंधवा तोहरे बदन की ।
नींदिया भोराई हाथ तोहरे जब सेज सजी जाई ।
सुना हो सजनी हमार होस उड़ा जाई ।
हम रहली कुंआर और तू कुंआरी
अबले रहल मन हमरो बाल ब्र्म्हचारी ।
हमरो तपस्या बरिस के छन मे लूटी जाई ।
सुना हो सजनी हमार होस उड़ा जाई ।
बरछी कटार तोहार नैना दिल के पार हो जाई ।
सुना हो सजनी हमार होस उड़ा जाई ।
सुना हो सजनी हमार होस उड़ा जाई ।

