STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Romance

3  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी प्रेम गीत – तू बुझ लेतु ना

भोजपुरी प्रेम गीत – तू बुझ लेतु ना

1 min
260


हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना

दिलवा के भाव जान समझ लेतु ना

कईली तोहसे प्यार यार कइसे बताई

बताई केतना बतिया केतना ना बताई

गोरी बनिके चम्पा महक लेतू ना

हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना

चढ़ल बा मनवा तोहरे प्यार के शरूर बा

छोडब ना तोहके तोहे पावे के जरूर बा

प्यार के नसवा तनी बहक लेतु ना

हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना

चुनरिया सम्हारा उड़ावेला पवनवा

नजरिया के बान मुआवेला परनवा

खिल के फुलवा जान महक लेतु ना

हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना

गोर बदनवा जईसे चमके बिजुरिया

देखि कारी केसिया लजाले बदरिया

बनी के बदरिया जान बरस लेतु ना

हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Romance