STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Romance

3  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी गज़ल - दिल आबाद हो गईल

भोजपुरी गज़ल - दिल आबाद हो गईल

1 min
283


नाम तोहार लेके, दिल अब आबाद हो गईल

कहलू की केवन पागल, हमार आज हो गईल


आसरा लगवली तोहसे, नजर हमसे फेर लिहलु

छुटल न तोहरो आस, जल दिल खाक हो गईल


कहेला लोगवा हमसे, तू ख़ुदा की खिदमत कर

अँखिया बसेलु तू हमरा, भक्ति तोहार हो गईल


पत्थर पूजेला लोगवा, मिल जाले सबके राम

पिघलल ना दिल तोहरो, दिल बरबाद हो गईल


स्वाती के बूंद पानी, चितवत रहे चकोर

तोहके जोहत में जिनगी, तन आजाद हो गईल


बियवा बोवे किसान, पक फल अनाज बदे

पकल ना हमरो प्यार, अब खराब हो गईल 


जइसे पूजेले देवता, हम तोहरे के पुजली

रीझलू ना कबों हमरा, दुशमन सब समाज हो गईल



विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Romance