भोजपुरी गीत – हिरनी की चाल रे
भोजपुरी गीत – हिरनी की चाल रे
चले गोरी मोर हिरनी की चाले रे
केसिया कारी खाड़ी झाड़े कईली बवाल रे
मंद मुसकाली खूब इठला के
गंध केसर गोरी महकावेली
अँचरा उड़ा के अँखिया लड़ा के
दिलवा हमार तड़पावेली
डाले नजर तोहपे गोरी केकर ई मजाल रे
केसिया कारी खाड़ी झाड़े कईली बवाल रे
गरवा लगाके अँखिया झुका के
झरना जईसन गीतिया गावेली
बहीया छुड़ाके मनवा दुखाके
पाँव पायलिया छनकावेली
उड़ावे अंचरवा गोरी उड़े जईसे गुलाल रे
केसिया कारी खाड़ी झाड़े कईली बवाल रे
अँखिया कजरा शोभे केसिया शोभे गजरा
कनवा सोनवा बाली लटकावेली
लगाला गलवा करिया टीका लागे ना नजरा
देखि हमके काहे शरमावेली
नाचे गोरी छमछम करे बड़ा धमाल रे
केसिया कारी खाड़ी झाड़े कईली बवाल रे

