भोजपुरी चईता लोक गीत २ - देशवा
भोजपुरी चईता लोक गीत २ - देशवा
देशवा दुशमनवा ये राम
अईसे जे होई यदि नेता के चलनवा ये राम
लड़िहे कईसे सिमवा देश दुशमनवा ये राम
के दूजे के नेता लोग गारी खूब देला हो
झूठ सांची बोली बाली मजा खूब ले ला हो
अइसे जे लड़िहे खूब नेता मर्द जननवा ये राम
लड़िहे कईसे सिमवा देश दुशमनवा ये राम
केहु कहे सर्जिकल स्ट्राइक कबहु ना भइल हो
मरले ना एको आतंकी पाकिसतनवा केहु ना गईल हो
देशवा के शान सेनवा नेता मांगे परमनवा ये राम
लड़िहे कईसे सिमवा देश दुशमनवा ये राम
भुखवा गरिबिया देशवा बतिया केहु ना करे हो
चले खातिर शतरंजी चलिया नेता फेरा खूब परे हो
देखि रजनीतिया हलिया बहे भारती नयनवा ये राम
लड़िहे कईसे सिमवा देश दुशमनवा ये राम
