STORYMIRROR

भोजपुरी शिव भजन -१२ -सुन कईला

भोजपुरी शिव भजन -१२ -सुन कईला

1 min
237



देवघर कईला झनकार हो।

कैलाशधाम सुन कईला भोला।

नंदी नगवा छोडला मझधार हो।

कैलाशधाम सुन कईला भोला।

देवघर में जाई बाबा बैद्दनाथ कहईला।

पुरण कईला काम सबके नाथ तू भइला।

सावन में चढ़े गंगा जलधार हो।

कैलाशधाम सुन कईला भोला।

तोहके उठाई रावन लंका में चलले।

बिच डहरिया इनके लघुशंका लगले।

रावन लघुशंका बहे नदी धार हो।

कैलाशधाम सुन कईला भोला।

देश बिदेश के भक्त भोला जलवा चढावे।

भक्ति भाव भोला पेड़ा भोगवा लगावे।

पुजेला बाबा सारा संसार हो।

कैलाशधाम सुन कईला भोला।

भक्त भारती भोला अईले दुअरिया।

पूरण करा काज फेरा तू नजिरया।

छोड़ब बाबा ना चरनिया तोहार हो।

कैलाशधाम सुन कईला भोला।



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Classics