STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Romance

3  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी कजरी लोक गीत- 4

भोजपुरी कजरी लोक गीत- 4

2 mins
583

खिली कच्ची कली भईली कचनार हो

जाई परदेशवा हमके भूली गईला रजऊ

सेजिया पर मारे काला नाग फुफकार हो

जाई परदेशवा हमके भूली गईला रजऊ


फोनवा लगाई मुआ फोनवो न उठावेला

केवन सवतीनिया संगे मीठे बतियावेला

रोई रोई कजरा नैना भईले रतनार हो

जाई परदेशवा हमके भूली गईला रजऊ


पवन के झंकोरा हमके अँकोरा नियन लागेला

झम झम बरिस बदरा निहोरा हमके करेला

चिंता से गली देहिया भईली गुल गुलनार हो

जाई परदेशवा हमके भूली गईला रजऊ


रिमझिम पनिया बरसे नाचे बन मोरवा

कंचन कामिनी कईसे धीर धरी भोरवा

पपीहा पापी पीहू बोले गाये कोइली रसदार हो

जाई परदेशवा हमके भूली गईला रजऊ


डहके देहिया बहके मनवा चैन कईसे सईया

पानी बिना तडपी जईसे मछरी मोरे गोईया

लिखी गावे गीत कजरी भारती लहरेदार हो

जाई परदेशवा हमके भूली गईला रजऊ




Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Romance