STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Romance

4  

Shyam Kunvar Bharti

Romance

भोजपुरी गजल- जान जिआन हो जाई |

भोजपुरी गजल- जान जिआन हो जाई |

1 min
40

दिल लगाके जनी ठुकरावा जान जिआन हो जाई

मनके बात भइबो ना कइल राती बिहान हो जाई


चार दिन के जिनगी के केवन जान बा ठिकाना

आँख मिला के मुंह मोड़बू दिल लहूलुहान हो जाई


न जाने केवना मोड़ पर धई लेई कोरोना के जाने

लहरत खेत के ना सिंचाई नुकसान किसान हो जाई


गगरी भरी त छलकबे करी रुकले ना रुकी कबों

मोहब्बत के जाम छलक दिल घाव नीसान हो जाई


कसूर अँखियन के सजा दिल के ना दिहल जाला

साँच आशिक दगाबाजी मे पीस के पिसान हो जाई


बिना तोहरे जियब कईसे पतीयाला साँच कहिला

सनम भारती जान संग बिधना के बिधान हो जाई।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Romance