शिव भजन
शिव भजन
हम अब जईबे देवघर हो बाबा
मानब ना हम अब जईबे जरूर भोला
हम अब जईबे देवघर हो बाबा
चाहे हम होखब केतनों मजबूर हो भोला
हम अब जईबे देवघर हो बाबा।
माई ले जाइब संग बाबूजी ले जाइब
सास ससुर संग भौजाई ले जाइब
बम बम बोलब हम भरपुर हो बाबा
हम अब
जईबे देवघर हो बाबा।
सुल्तानगंज गंगा जलवा हम भरबे
कांवर गगरी भरी पैदल हम चलबे
चाहे देहिया होई चाकनाचूर हो बाबा
हम अब जईबे देवघर हो बाबा।
फुलवा बेलपतवा संग जलवा चढ़ाइब
दिलवा बिपतवा भोला मनवा सुनाइब
दुखवा दरदवा लिहा हर हो बाबा
हम अब जईबे देवघर हो बाबा।