STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Abstract Inspirational

3  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract Inspirational

भोजपूरी देवी गीत- देवी के चरण में

भोजपूरी देवी गीत- देवी के चरण में

1 min
224


चला पिया चली जा बाजार होखेला पूजा नवरातन में

कीनिहा माई के सिंगार चढ़ईहा देवी के चरण में

नौ दिन पिया तू उपवास बरत करिहा

नौ रूप माई के दरसन खूब करिहा

ओढ़ईहा चुनरी ओहार पिया माई के चरण में

कीनिहा माई के सिंगार चढ़ईहा देवी के चरण में

शेरवा सवार माई खूब लहरत अइहे

खुश होइहे देवी तोहके खूब वर दिहे

भगतन बदे लिहली दुर्गा अवतार चला माई के शरण में

कीनिहा माई के सिंगार चढ़ईहा देवी के चरण में

रोज रोज पिया चंडी पाठ करईहा

नवमी के दिन नौ कन्या खियईहा

होई जाई तोहरो उद्धार मगन रहा माई के भजन में

कीनिहा माई के सिंगार चढ़ईहा देवी के चरण में

पंडित जी बुलाई धूप हवन करईहा

माई के चरनिया गिरि मथवा झुकईहा

देवी दुर्गा होला जय जय कार सारा जग मण्डल में

कीनिहा माई के सिंगार चढ़ईहा देवी के चरण में।।



विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Abstract