भोजपुरी कजरी 2- सवरिया घरवा ना
भोजपुरी कजरी 2- सवरिया घरवा ना


घिरी अइली काली बदरिया ,
सवरिया घरवा ना अइले
बरसे बरखा झम झम दुअरिया
सवरिया घरवा ना अइले
झुलेली सखिया डाली अमवा पे झुलवा
सावन सजन बिना उठे मनवा में हुलवा
बरसे ले झर झर नैना बदरिया
सवरिया घरवा ना अइले
बैरी नोकरिया सौतन नियन लगेले
छोड़े नहीं सइया नागन नियन डसेले
छोड़ी के तू आजा नोकरिया
सवरिया घरवा ना अइले
बैरी पवनवा मोर बदनवा लहकावे
गन गन मनवा मोर अचरवा उड़ावे
चमचम चमक रही रही बिजुरिया
सवरिया घरवा ना अइले
खेतवा के मेड़ जईसे पनिया तोड़ेला
सबर के बांध वईसे हमरो टूटेला
लउके हमके सगरो अंधरिया
सवरिया घरवा ना अइले