भोजपुरी गीत - इ हे मनुहार
भोजपुरी गीत - इ हे मनुहार
कईके सोरहो सिंगार सजनी करे करवा चौथ के त्यौहार।
करे मनवा मनुहार रहे सदा सुहागन माने सजना हमार।
चान नियन रूपवा जेकर चान के निहारे चनवा लजाला।
नाक नाथिया मथवा प बिंदिया आंख कजरा बड़ा सुहला।
चलनी से झांके पियवा की ओरिया जिया सलवा हजार।
लाली चुनरिया ओढ़ के गोरिया निरखे पियवा के ओरिया।
सजाई पूजवा के थरिया झांके पीयवा अईहे दुअरिया।
भुखल पियासल बरत खूब कईली कटे दुखवा अपार।
सजना बिना सुनी सेजरिया मोर मंगीया ना सुनी होवे।
कईली बरत हम सजना के खातिर कबो बीयोग ना होवे।
हीया बीच रखिहा खाली हमरे के देखिहा इहे मनुहार।