STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

4  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

भोजपुरी गीत- अब कोरोनवा ना |

भोजपुरी गीत- अब कोरोनवा ना |

1 min
456

मिले कईसे आई सजनी तोर भवनवा ना

डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा ना


ढेर दिन बीतल तोहसे मिले नाही पवली

तरस गईले नैना तोहके देखे नाही पवली


धीरज धरा सजनी माना मोर कहनवा ना

डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा ना


लॉक डाउन लागल सगरो गाड़ियो ना चलेला

ताला लागल रेल अब तो बजरियो ना खुलेला


तड़पेला मनवा हमरो बरसे अब नयनवा ना

डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा ना


रहती हम चिरईया धनिया उडी चली अवती

अंखिया जूड़वती तोहके गरवा हम लगवती


जहर मिलावे मिली कोरोनवा अब पवनवा ना

डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा।


Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Abstract