भोजपुरी गीत- अब कोरोनवा ना |
भोजपुरी गीत- अब कोरोनवा ना |
मिले कईसे आई सजनी तोर भवनवा ना
डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा ना
ढेर दिन बीतल तोहसे मिले नाही पवली
तरस गईले नैना तोहके देखे नाही पवली
धीरज धरा सजनी माना मोर कहनवा ना
डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा ना
लॉक डाउन लागल सगरो गाड़ियो ना चलेला
ताला लागल रेल अब तो बजरियो ना खुलेला
तड़पेला मनवा हमरो बरसे अब नयनवा ना
डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा ना
रहती हम चिरईया धनिया उडी चली अवती
अंखिया जूड़वती तोहके गरवा हम लगवती
जहर मिलावे मिली कोरोनवा अब पवनवा ना
डर लागे हमके पड़ल पीछे अब कोरोनवा।