STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Classics

3  

Shyam Kunvar Bharti

Classics

बचा के तू देखा |

बचा के तू देखा |

1 min
194

जान बचा सकेला केहु के बचा के तू देखा

दवाई केवनों बता सकेला बता के तू देखा


ई बीमारी ना ह महाबीमारी बा ये भइया

उपाय सीखा सकेला अब सीखा के तू देखा


चाहे चीन होखे चाहे केवनों देश दुनिया मे

गलती देश देखा सकेला देखा के तू देखा


मास चमगादड़ खईला जांच कईला भइल

कसूर चीन कोर्ट मे अब लिखा के तू देखा


केतना जान गईल माल के हिसाब के करी

रोवत माई मेहरारू अब चुप करा के तू देखा


जगह लाश गाड़े के कही अब मिलत नईखे

लाश कांधे अब उठा सकेला उठा के तू देखा


यार कहले तू अइहा चार दिन बाद मिले के

लिखल मिटा सकेला बाबू मिटा के तू देखा


भइल लॉक डाउन सबके घर मे रहे के भाई

जेतना हो सके सबके खाना खिला के तू देखा।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Classics