STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

3  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

माई के दीवाना

माई के दीवाना

1 min
11.6K


मन मगन हो गइल माई के दीवाना

गावे भजन पूजे माई के जमाना।


बिना माई केहु कल्याण ना होला

बीना किरीपा केहु महान ना होला,

लुटावेली माई आपन प्यार के खजाना

मन मगन हो गइल माई के दीवाना।


बिधाता के लिखल केहु कइसे मिटाई

माई किरीपा सब दुख दूर हो जाई,

अइली माई भइल मौसम सुहाना

मन मगन हो गइल माई के दीवाना।


ऋषि मुनि देव सब केहु पूजेला

जोरी जोरी हथवा चरण मे झुकेला,

करा दरसनवा करा ना बहाना

मन मगन हो गइल माई के दीवाना


जग जननी जगदंबा काली कहाली

नामवा बहुत बाकी सबसे पुजाली

रूपवा निहारी भारती भाईले मस्ताना

मन मगन हो गइल माई के दीवाना।



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Abstract