STORYMIRROR

Mamta Rani

Abstract Classics Fantasy

4  

Mamta Rani

Abstract Classics Fantasy

छठ पूजा

छठ पूजा

1 min
0

छठी मैया के होखेला जय् जयकार
महिमा उनकर् अपरम्पार हो
छठी मैया सुनले अरजिया हमार
करेला सबके बेडा पार न हो

छठी मैया के होखेला जय् जयकार
महिमा उनकर् अपरम्पार हो

नदियाँ के तीरे -तीरे घटवा बनल बा
दऊरा सजाके व्रतनियाँ सब चलल बा
हाँथ जोड़ी खड़ी बाड़ी माई हमार"
"मन में आसरा के फूल खिलत बा"


ठेकुआ ,फलवा ,कसार नरियलवा सजयनि
सुपवा में भरि के अरघिया ले अइनी"
उगी-उगी सुरुज देव,
तोहरे चरण में माथा नवइनी"


सुख समृद्धि दिह मैया,
बानी आसरा लगाइके
बनल रहे सबके परिवार
करीले सब विनती तोहार

छठी मैया के होखेला जय् जयकार
महिमा उनकर् अपरम्पार हो



विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Abstract