STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Classics

3  

Shyam Kunvar Bharti

Classics

भोजपूरी शिव भजन -सइया भोला जी के दरबार

भोजपूरी शिव भजन -सइया भोला जी के दरबार

1 min
515


सइया ले ले चला भोला जी के दरबार

जलवा हमहू चढ़ाइब

अईले सवनवा मगन भाईले मनवा

बाबा धाम जाये बेचेन भईले दिनवा

निक नाही लागे घरबार 

जलवा हमहू चढ़ाइब


अबकी सवनवा कावर ले के जाइब

सुल्टानगंज से जलवा भरी लाइब

पैदल जाइब देवघर दरबार

जलवा हमहू चढ़ाइब


पईसा ना होखे त कर्जा ले ला बालम

हमरो कंगनवा बेची दा हो बालम

हम ना मानब ये ही बार

जलवा हमहू चढ़ाइब


सोचा जनी साजन चला बाबा के आँगन

बाबा के मेलवा मे होला भागम भागम

पूरा होइहे सब मनसा तोहार

जलवा हमहू चढ़ाइब








Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Classics