भोजपुरी गीत – अंसुआ के धार में
भोजपुरी गीत – अंसुआ के धार में
दिल भइल पागल जान तोहरे प्यार में
टूट भइल टुकड़ा अब तोहरे इंकार में
पुजली केतना पावे तोहके भगवान से
मिललू उतरल परी जईसे आसमान से
मनवा नाही लागे बिना तोहरे संसार में
दिल भइल पागल जान तोहरे प्यार में
देखि ना जबले तोहे जियरा ना जुड़ाला
लुटाइल मोर दुनिया अइसने बुझाला
चमके रूप के अंजोरिया जईसे अन्हार में
दिल भइल पागल जान तोहरे प्यार में
पानी भरीहे परी लोग गोरी तोहरे आगे
हाथ जोड़ी अफसरा पनाह तोहसे मांगे
चली आवा मिले हमसे भोरे भिनसार में
दिल भइल पागल जान तोहरे प्यार में
तोड़ही के रहे दिल जोडलु काहे हमसे
छोड़ही के रहे प्यार कईलू काहे हमसे
बहल जाता दुनिया अब अंसुआ के धार में
दिल भइल पागल जान तोहरे प्यार में।