STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

4  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

भोजपुरी देवी पचरा गीत – काली माई हो

भोजपुरी देवी पचरा गीत – काली माई हो

1 min
768


काली माई हो भगाई देतु कोरोनवा

भस्म करा खोली आपन तीसरा नयनवा

काली माई हो भगाई देतु कोरोनवा

जब से ये आइल मुहाल आराम होई गईले

सांसत मे सभकर अब जान होई गईले

कुटी कुटी काटा इनकर धरी गरदनवा

काली माई हो भगाई देतु कोरोनवा

घरवा ना चैन कही बहरवा डर लागेला

जेने देखा वोने लोगवा जान लेके भागेला

अबकी नवरातन मे देतु इहे वरदनवा

काली माई हो भगाई देतु कोरोनवा

अम्बा जगदंबा माई भवानी तू कहालु

नर नारी देवलोक सबसे तू पुजालू

जय जयकार होला तोर जमीन असमनवा

काली माई हो भगाई देतु कोरोनवा

बध कइलू माई जईसे चंड मुंड दानव

कृपा करा देशवा संकट हरा अब मानव

चरण में गिरि भारती करे तोर नमनवा

काली माई हो भगाई देतु कोरोनवा। 



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Abstract