STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Classics

3  

Shyam Kunvar Bharti

Classics

भोजपुरी शिव भजन – दरसन कर ला ब

भोजपुरी शिव भजन – दरसन कर ला ब

1 min
399

बाबा भोला के दर्शन बड़ा सुखदाई हो

चला चलके दर्शन कर ला बालम

सवनवा में शिव के कृपा हो जाई

चला  दरसन करला बालम


बेलपतवा धतुरवा बाबा के चढ़इह

पिसके भंगिया भोला के पिअइह

महिमा शिव के केतना करी बड़ाई हो

चला दर्शन करला बालम


कालो के काल भोला महाकाल कहाले

मथवा जटवा विचवा गंगा धरवा बहाले

करबा भोला दर्शन होला सुनवाई हो

चला दर्शन करला बालम


बेरी-बेरी मौका अइसन न आवेला

लाइके गंगा जलवा लोगवा चड़ावेला

शिव गुनवा कही केतना बताई हो

चला दर्शन करला बालम



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Classics