भोजपुरी देवी गीत- हम नचनिया
भोजपुरी देवी गीत- हम नचनिया
धूप दिप बतिया जगरतीया ये बालम
माई के मनाइब सारी रतिया ये बालम
गितवा भजनीया गाई मन मगनिया ये बालम
देवी के मनाइब बनी हम नचनिया ये बालम
जगवा के माई जगदम्बा ई कहाली
देव् मानव से माई अम्बा मोर पुजाली
चला पुजी जा माई के चरनिया ये बालम
देवी के मनाइब बनी हम नचनिया ये बालम
भरी दा माई मोर खाली बा अचरवा
होई जाई उधार हमरो डाली दा नजरवा
माफ़ करिहे माई हमरो सब नदानियाँ ये बालम
देवी के मनाइब बनी हम नचनिया ये बालम
अन धन भरल रहे खेले बलका मोर अंगनवा
नाम अउरी जस दिहा रहे बांका जवान मोर सजनवा
आवा मिली गावा झूमि माई के भजनीया ये बालम
देवी के मनाइब बनी हम नचनिया ये बालम।