शादी के बाद फाल्गुन
शादी के बाद फाल्गुन
फगुआ में सजनी बहुत याद आवे,
गोरे गोरे गात तेरे बहुत सुहावे।
फगुआ में सजनी बहुत याद आवे ...
होठवा जो मोरे गाल से छुआवे,
गात मेरे लाल लाल हो जावे।
फगुआ में सजनी बहुत याद आवे....
कजलवा से तेरे हम श्यामल हो जावे,
प्यार से तेरे मन हमरा भीग जावे ।
फगुआ में सजनी बहुत याद आवे.....
फगुआ में बेरंग भी रंगीन हो जावे,
अलग रंग के सब एक रंग हो जावे।
फगुआ में सजनी बहुत याद आवे.....
तोहरे बिन ई अंतिम फगुआ होवे,
आवे वाला फगुआ तोहरे साथ मनावे।
फगुआ में सजनी बहुत याद आवे.......

