STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

3  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

भोजपुरी सावन शिव भजन 19 – दरबार रे ननदी

भोजपुरी सावन शिव भजन 19 – दरबार रे ननदी

1 min
19

जोहत रहली हम सावन के फुहार रे ननदी

चला चली देवघर के दरबार रे ननदी।

अबले ना अइले सइया लोक डाउन लगी गईल

अबकी सवनवा देवघर मेला बंद हो गईल

कइसे होइहे सभकर बेड़ापार ये ननदी

चला चली देवघर के दरबार रे ननदी।

भोला हउवे दानी उनकर आसरा बा लागल

बाबा दरसनवा खातिर मनवा भईले पागल

हहरेला हिया हमरो करी भोला के गुहार रे ननदी

चला चली देवघर के दरबार रे ननदी।

सास ससुर संगे शिव के हम मनाइब

घरवा मे पूजा करब बेलपत्तवा हम चढ़ाइब

बोल बम बोली बोली करब हम मनुहार रे ननदी

चला चली देवघर के दरबार रे ननदी।

महिमा होई बोला बाबा कोरोना भागी जाई

हमरे भारत देशवा सबकर भाग जागी जाई

बहरे से सइया करे भोला जय जय कार रे ननदी

चला चली देवघर के दरबार रे ननदी।



Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Abstract