भोजपुरी गीत- बलमुआ ना अईले
भोजपुरी गीत- बलमुआ ना अईले
धक धक धड़के मोर छतिया
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले
नींदिया ना आवे सारी रतिया
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले
लोगवा कहेला देशवा कोरोनवा आइल बा
लागल लोकडाउनवा कहा सजनवा भुलाइब बा
बंद बा मोबाइलवा होवे नाही बतिया
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले
चिंता सतावे कैईसे होइहे मोर सजनवा
सुना पड़ल सेजिया सुना बा अंगनवा
कहवा से अईले बैरी कोरोना नतिया
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले
सजना बिना बेकार सिंगार का करी हम
जबले ना अइहे इंतजार अब करी हम
साले बहुत हमके पिया के सुरतिया
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले
मिलिहे कोरोनवा उनके अगिया से जारब
अईहे पिया जब उनके नजर उतारब
कोरोनवा के आवे हाली मऊतिया
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले।
