STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

3  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

भोजपुरी गीत- बलमुआ ना अईले

भोजपुरी गीत- बलमुआ ना अईले

1 min
246

धक धक धड़के मोर छतिया

हे सखी मोर बलमुआ ना अईले

नींदिया ना आवे सारी रतिया

हे सखी मोर बलमुआ ना अईले


लोगवा कहेला देशवा कोरोनवा आइल बा

लागल लोकडाउनवा कहा सजनवा भुलाइब बा

बंद बा मोबाइलवा होवे नाही बतिया

हे सखी मोर बलमुआ ना अईले


चिंता सतावे कैईसे होइहे मोर सजनवा

सुना पड़ल सेजिया सुना बा अंगनवा

कहवा से अईले बैरी कोरोना नतिया

हे सखी मोर बलमुआ ना अईले


सजना बिना बेकार सिंगार का करी हम

जबले ना अइहे इंतजार अब करी हम

साले बहुत हमके पिया के सुरतिया

हे सखी मोर बलमुआ ना अईले


मिलिहे कोरोनवा उनके अगिया से जारब

अईहे पिया जब उनके नजर उतारब

कोरोनवा के आवे हाली मऊतिया

हे सखी मोर बलमुआ ना अईले।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Abstract