STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

4  

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

# you भोजपुरी सावन शिव भजन -देवघर के मेला

# you भोजपुरी सावन शिव भजन -देवघर के मेला

1 min
76

घुमाई देता ना पिया देवघर के मेला

कईसे देखाई गोरी देवघर के मेला  


फइलल कोरोना देवघर जाये नाही पइबु  

जइबु जे लॉक डाउन मे होई झमेला  


कईसे देखाई गोरी देवघर के मेला  

सवनवा मे शिव के तू घरवा मनावा  


कुयवा से भरी पानी तू जलवा चढ़ावा

जइहे ना कवरिया तू हो जइबु अकेला  


कईसे देखाई गोरी देवघर के मेला  

खुश होइहे जे भोला कोरोनवा भगइहे  


सगरो देशवा जान लोगवा बचइहे  

गाँव के मंदिरवा शिव दर्शन तू लेला

कईसे देखाई गोरी देवघर के मेला।  


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Inspirational