STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

4  

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

भोजपुरी गीत- ई संसार ना मिली |

भोजपुरी गीत- ई संसार ना मिली |

1 min
23.1K

बचावा तनी धरती माई मौका फिर तोहार ना मिली  

मिटावा जनी सुनर अइसन ई संसार ना मिली

केतना सुखवा चाही मिली छहवा कहा राही

लगावा पेडवा हम कही ठिकाना ना कही


जनवा बचावेके कही जोगाड़ ना मिली

मिटावा जनी सुनर अइसन ई संसार ना मिली

कबो आवे बाढ़ तूफनवा बरसे बिन मौसम सवनवा

कही तरसे पानी परनवा धधके कही अगिया बनवा


भिंगावे मनवा अइसन कबों फुहार ना मिली

मिटावा जनी सुनर अइसन ई संसार ना मिली

कही गरमिया जान सुखावे कही जड़वा हाड़ कंपावे

सुख गईले ताल तलैया मर गइली चील चिरईया


चूक गईला फिर मौका दुबार ना मिली

मिटावा जनी सुनर अइसन ई संसार ना मिली

काटी काटी पेड़ के तनवा बन गइले महल भवनवा

उखाड़ फुखाड़ पर्वत बनवा लउके सगरो शमशनवा


बीजरी बरखा के कबों टंकार ना मिली

मिटावा जनी सुनर अइसन ई संसार ना मिली

कुपित भईली प्रकृति महारानी

आइल सुनामी लेके प्रलय तूफानी


देखा दुनिया के बिगड़ल कहानी

धरती बचावा ना करा मनमानी

फिर भारती कर जोरी पुकार ना मिली

मिटावा जनी सुनर अइसन ई संसार ना मिली।


Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Inspirational