STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

4  

Shyam Kunvar Bharti

Inspirational

भोजपुरी पर्यावरण गीत – पेड़वा बिना

भोजपुरी पर्यावरण गीत – पेड़वा बिना

1 min
283

भोजपुरी पर्यावरण गीत – पेड़वा बिना

जइसे तड़पेले जल बिना मछरी ना हो

तड़पे छतिया धरती पेड़वा बिना

गावे ना गोरिया सावन बिना कजरी ना हो


सतावे बरखा रतिया गोरी सजना बिना

महल अटारी मिलवा बनवले वनवा उजारी

पेड़वा के काटी काटी धरती दिलवा दुखाई

बरसेला बदरा कबों दुनिया ना हो पेड़वा बिना

बाची कईसे धरती पेड़वा ना लउके कही


जीव जन्तु पशु पक्षी बचावे जान भऊके कही

बची ना धरती अब आदमी के जतिया ना हो 

पेड़वा बिना

चीरइ क चह चह कोइलर कुहु ना सुनाला कही

झरना क झर झर पवनवा सर सर ना दिखाला कही 

जिये खातिर मिले नाही हवा नकिया ना हो ,

पेड़वा बिना


चाही हरियाली यदी धरती पेड़वा लगावा सभे

जल जंगल जमीन मिली परती बचावा सभे

मिलीहें ठंडी ठंडी पवन पुरवईया ना हो , 

पेड़वा बिना 

जइसे तड़पेले जल बिना मछरी ना हो

तड़पे छतिया धरती पेड़वा बिना।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन

Similar hindi poem from Inspirational