STORYMIRROR

भोजपुरी चइता लोक गीत ॰5 –होखेल

भोजपुरी चइता लोक गीत ॰5 –होखेल

1 min
570


होखेला हर हिया हरसिया ये रामा

चइत मासे

अमवा पोदीनवा के बनेला चटनिया ये रामा

चइत मासे

माघ फागुन से ऊपर चइत रसदार होला

बहे जब पवन पुरवईया बड़ा मजेदार होला

खेते- खेते, गांवे- गांवे होखेला कटनिया ये रामा

चइत मासे

सजनी के साजन बिना चैन न आवेला

मिले खातिर साजन हिया याद उभर आवेला

खरीहनवा मे मिली करे सब ओसनिया ये रामा

चइत मासे

दिनवा मे घाम रतिया खूब गर्मी सतावेले

बेनिया डोलावे गोरी पिया नींदिया न आवेला

उठेला पोर- पोर दरदिया बदनिया ये रामा

चइत मासे


Rate this content
Log in

Similar english poem from Abstract