भोजपुरी चुनावी गीत - वोट देवे
भोजपुरी चुनावी गीत - वोट देवे
भोजपुरी चुनावी गीत - वोट देवे सईया
कहेली सजनी पकडी के बहिया|
चलब हमहू वोट देवे सईया|
हमरो अधिकरवा हम वोट देईब जरूर हो|
अपने देशवा बाड़े हमके खूब गरुर हो|
निमन बनवले जे देशवा लोगवन के रहिया|
देश बिरोधियन के चोट देवे सईया|
भोर भिनसरवा बूथवा हम जाइब|
ईवीएम मसिनवा बटनवा हम दबाइब|
देशवा चलाई जे सबसे खूब बढ़िया|
ओकरे के वोट देईब हम सईया|
केतनों चिल्लाई केहु भोपुआ बजा के|
झोलिया मे भरी दिहे रुपया सजा के|
ताकब नाही ओकरा कानी अँखिया|
देईब उनके चोट हम सईया|
चलब हमहू वोट देवे सईया|