Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!
Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!

Dhirendra Panchal

Others

4  

Dhirendra Panchal

Others

ए बदरी

ए बदरी

1 min
380


सुखि गइलें पोखरा आ जर गइलें टपरी, ए बदरी

कउना बात पे कोहाइ गइलू ए बदरी

देखा पेड़वा झुराई गइलें ए बदरी


बनरा के पेट पीठ एक भइलें घानी

कहा काहें होत बाटे राम मनमानी

गोरुअन के बेटवा क पेटवा ह खपरी , ए बदरी

कउना बात पे कोहाइ गइलू ए बदरी

देखा पेड़वा झुराई गइलें ए बदरी


संझवा बिहनवा में कमवा न सपरी

होते दुपहरिया भुजाई जालीं मछरी

नदिया में अगिया लगाई देलु जबरी , ए बदरी

कउना बात पे कोहाइ गइलू ए बदरी

देखा पेड़वा झुराई गइलें ए बदरी


करकेला मनवा मसकी जाला देहियां

रोवलो न जाला की मसान भइल अंखिया

लोरवा बहाईं ना सहाई आंख कजरी, ए बदरी

कउना बात पे कोहाइ गइलू ए बदरी

देखा पेड़वा झुराई गइलें ए बदरी


सियरा हथिनिया आ बघवा के बात बा

तोहके बोलावे ला ई बनवा छोहात बा

मेघवा बोलावें त अमांय जालु गगरी , ए बदरी

कउना बात पे कोहाइ गइलू ए बदरी

देखा पेड़वा झुराई गइलें ए बदरी


बोला काहें भकुआय गइलू ए बदरी

देखा पेड़वा झुराई गइलें ए बदरी।



Rate this content
Log in