STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Others

2  

Shyam Kunvar Bharti

Others

भोजपुरी चईता लोक गीत 1

भोजपुरी चईता लोक गीत 1

1 min
831


हो गइले भोटवा के फरमान

हे रामा केकरा के देबा मतदान

बुझी बाझी के भोटवा तू दिहा

दरुआ नोटवा से हथवा रोक लिहा

एक ही भोटवा बदली हुलिया हिंदुस्तान

हे रामा केकरा के देबा मतदान


घरवा घूमी घूमी नेता भरमईहे

झूठी साची बोली के सपना देखईहे

देशवा के खातिर मत बनिहा अंजान

हे रामा केकरा के देबा मतदान


आज के नेता खातिर कुर्सी खूब लड़ेला

लोगवा के चिंता नाही केहु जिये केहु मरेला

करीहे जे वादा तोहसे देशवा बनिहे अभिमान

हे रामा केकरा के देबा मतदान


गरीबिया बेकरिया दूर जे करीहे

दुनिया मे देशवा मशहूर जे करीहे

दिहा उनहीं के तू आपन वरदान

हे रामा केकरा के देबा मतदान


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन