तोहरी दुयरिया मे
तोहरी दुयरिया मे
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया में।
निक लागे माई मोर मंदिरिया में।
अजबे मईया सिंगार,तोहके मानेला संसार।
तनी भरी लेतु हमके नजरिया में।
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया में।
केतना सुनाई रोई दुखवा ,कब देबू माई सुखवा।
सभे नाचत बा भक्ति लहरिया में।
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया में।
फइलल बा सगरो कोरोनवा,आफत में पड़ल परनवा।
करफू लागल बा सगरो नगरिया में।
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया में।
तोहके छोड़ी कहा हम जाई ,गोदी के ललन बन जाई।
फुलवा चढ़ाई माई भरी अंजुरिया में।
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया में।