STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Others

3  

Shyam Kunvar Bharti

Others

भोजपुरी पूर्वी लोक गीत- बिगड़ल

भोजपुरी पूर्वी लोक गीत- बिगड़ल

1 min
356

बिगड़ल बयरीया बहेला येही जग मे

केवन लोगवा डार दिहले धुआँ ये राम।


ब्र्म्हा बिधाता ई दुनिया बनवले

लोगवा करे मनमाना ये राम

काटी काटी पेड़वा महल बनवले

चिरई कहा घर बनाना ये राम।

बिगड़ल बयरीया बहेला येही जग मे

केवन लोगवा डार दिहले धुआँ ये राम।


पेड़वा बिना बरखा ना होई

जनी काटे केहु तना ये राम

फल फुलवा बिना सब फुखल मरीहे

मिलिहे कहा एको दाना ये राम।

बिगड़ल बयरीया बहेला येही जग मे

केवन लोगवा डार दिहले धुआँ ये राम।


 संसिया लेवे हवा सबके चाही

अगिया लगल चहु वन ये राम

हउआ बिना सब लोग छटपटइहे

मिलिहे ना केवनों ठिकाना ये राम।

बिगड़ल बयरीया बहेला येही जग मे

केवन लोगवा डार दिहले धुआँ ये राम।


विषय का मूल्यांकन करें
लॉग इन